www.fgks.org   »   [go: up one dir, main page]

Jump to content

परमाधिपत्यक

विकिपीडिया से

परमाधिपत्यक (अंग्रेजी: Sovereignty) कानूनशास्त्र के एगो ऐसन अधिकार बाटे जवना अनुसार कौनों प्रशासनिक प्रदेस कौनों बाहरी दख्खलअन्दाजी के बगेर आपन प्रशासन के सुबेबस्थित चलावे के छमता होखे। राजनीतिशास्त्र में परमाधिपत्यक के मतलब ऐसन सत्ता से होला जवन कौनों राजतंत्र पर पुरा आधिपत्य रखत होखे।

परमाधिपत्यक के मतलब होला कवनो देश के स्वतंत्र अधिकार। माने ओकरा लगे कवनो विषय पर कानून बनावे के अधिकार बा; आ ई कवनो दोसरा देश / बाहरी शक्ति के नियंत्रण में नइखे। परम माने सर्वोच्च आ आधिपत्यक माने अधिकार रखऽनिहार से परमाधिपत्यक के शाब्दिक अर्थ जेकर अधिकार सर्वोच्च बा आमुख अनुसार भारत के अधिकार।

आमुख अनुसार भारतीय संविधान भारत के एगो परमाधिपत्यक, लोकतांत्रिक, गणतंत्र के रूप में स्थापित करेला आ आमुख में उल्लेखित सुपरिभाषित वचनन के सुरक्षित करेला भारत के जनता गंभीर संकल्प के अनुसरण करता। परमाधिपत्यक से तात्पर्य सर्वोच्च आ अंतिम शक्ति से बा। ई वास्तविक, साधारण, कानूनी, राजनीतिक, व्यक्तिगत भा बहुवचनीय हो सकेला। राजतंत्र में परमाधिपत्यकता राजा लोग के व्यक्तियन के दिहल जात रहे।

बाकिर वर्तमान दुनिया में अधिकतर गणतंत्रवादी सरकारन में परमाधिपत्यकता जनऽता के चुनल प्रतिनिधियन के हस्तांतरित होला।