प्रताप सिंह (9 मई 1540 – 29 जनवरी 1597) जिनके महाराणा प्रताप के नाँव से जानल जाला, मेवाड़ के राजा रहलें। मेवाड़ के क्षेत्र वर्तमान भारतीय राज्य राजस्थान में बा। प्रताप राजा उदय सिंह II आ महारानी जयवंत बाई के लड़िका रहलें। महाराणा प्रताप के जनम तिथि, महाराणा प्रताप जयंती के रूप में हर साल जेठ महीना के अँजोर में तीज के मनावल जाला। ऊ महारानी जयवंत बाई आ उदय सिंह के बड़ लड़िका रहलें। राणा प्रताप के बाद इनके लड़िका अमर सिंह I मेवाड़ के राजा बनलें। महाराणा प्रताप के सभसे परम शत्रु तत्कालीन मुगल बादशाह अकबर रहलें।
मुग़ल सेना आ महाराणा प्रताप के सेना के बीच 1576 में हल्दीघाटी के लड़ाई भइल।