आइ॰एस॰बी॰एन॰

भोजपुरी विकिपीडिया से
इहाँ जाईं: नेविगेशन, खोजीं
इंटरनेशनल स्टैंडर्ड बुक नंबर
International Standard Book Number
{{{image_alt}}}
A 13-digit ISBN, 978-3-16-148410-0, as represented by an EAN-13 bar code
Acronym आइ॰एस॰बी॰एन॰ (ISBN)
Introduced 1970 (1970)
Managing organisation इंटरनेशनल आइ॰एस॰बी॰एन॰ एजेंसी
Number of digits 13 (पहिले 10)
Check digit भारित जोड़
Example 978-3-16-148410-0
Website www.isbn-international.org

आइ॰एस॰बी॰एन॰ या पूरा नाँव इंटरनेशनल स्टैंडर्ड बुक नंबर (अंग्रेजी: International Standard Book Number) is एगो यूनीक [नोट १][नोट २] नंबर होला जवन किताब के पहिचानक होला।

हर किताब के अलग-अलग संस्करण (रिप्रिंट के ना) के एक ठो अकेल आ एकलौता आइ॰एस॰बी॰एन॰ दिहल जाला। उदाहरण खातिर कौनों किताब अगर पेपरबैक, हार्डकवर आ ई-बुक के रूप में छपे तब तीनों के अलग-अलग आइ॰एस॰बी॰एन॰ होखी। ई तेरह अंक के लंबाई वाला संख्या होला अगर १ जनवरी २००७ के बाद दिहल गइल होखे आ १० अंक के होला अगर एह से पहिले दिहल गइल होखे। एह निसानी देवे के तरीका में अलग-अलग देस में भी कुछ अंतर मिले ला आ प्रकाशन संस्था अपना क्षेत्र में केतना नामी बाते एहू के भी धियान में रखल जाला।

आइ॰एस॰बी॰एन॰ के फ़ायदा ई बाटे कि एकरा द्वारा दुनियाँ में कहीं छपल किताब के एक ठो बिसेस पहिचान हासिल हो जाले जेकरा मदद से एकरा के खोजल आ एकर जानकारी साझा करे में सुबिधा हो जाला।

एकर सुरुआती रूप १९६७ में लागू ९-अंक के स्टैंडर्ड बुक नंबर (एसबीएन) रहल। १० अंक के लंबाई वाला कोड के सुरुआत अंतरराष्ट्रीय मानकीकरण संस्था (ISO) द्वारा बनावल गइल आ पहिली बेर ISO 2108 के रूप में छपल।

एही के नियर एक ठो पहिचानक जर्नल आ पत्रिका सभ खातिर भी बा जेकरा के आई॰एस॰एस॰एन॰ (ISSN) कहल जाला, आ संगीत से संबंधित चीज के पहिचानक आई॰एस॰एम॰एन॰ (ISMN) होला।


नोट[संपादन]

  1. Occasionally, publishers erroneously assign an ISBN to more than one title—the first edition of The Ultimate Alphabet and The Ultimate Alphabet Workbook have the same ISBN, 0-8050-0076-3. Conversely, books are published with several ISBNs: A German second-language edition of Emil und die Detektive has the ISBNs 87-23-90157-8 (Denmark), 0-8219-1069-8 (United States), 91-21-15628-X (Sweden), 0-85048-548-7 (United Kingdom) and 3-12-675495-3 (Germany).
  2. In some cases, books sold only as sets share ISBNs. For example, the Vance Integral Edition used only two ISBNs for 44 books.

सन्दर्भ[संपादन]

बाहरी कड़ी[संपादन]